Wb/bho/सहज भूगोल/मौसम आ जलवायु

From Wikimedia Incubator
< Wb‎ | bho‎ | सहज भूगोलWb > bho > सहज भूगोल > मौसम आ जलवायु
Jump to navigation Jump to search

ठोस आ लगभग गोल आकार के हमनी के धरती के चारो ओर गैस के घेरा मौजूद बा जेकरा के वायुमंडल कहल जाला। पृथ्वी अपना खिंचाव से अपने चारो ओर कई तरह के गैस सभ के मिक्स्चर लपेटले बा। गैसन के एह मिक्स्चर के आम भाषा में हमनी के हवा कहीं लाँ जा। हवा से बनल एह मंडल में कुछ बहुत महत्व के घटना घटित होखे लीं। कौनों समय पर कवनो जगह के वायुमंडल के दसा मौसम कहाला। हर जगह के मौसम एकही नियर भी ना होला। कवना तरीका के मौसम कौनो जगह पावल जाला आ साल में कब कइसन मौसम ओह जगह पर मिली इहो जानकारी काम के चीज बा। अइसन जानकारी मिले ला लंबा समय ले, मने कि कई साल ले, ओह जगह के मौसम के अध्ययन से जेकरे आधार पर एगो आम अंजादा बिकसित क लिहल जाला। कई सालन के मौसम के नापजोख क के बिकसित कइल ई सामान्य अंजादा ओह जगह के जलवायु कहाला।

एह अध्याय के चर्चा के बिसय इहे वायुमंडल बा, एह में होखे वाला मौसमी घटना बा आ जगह-जगह पर बदले वाली जलवायु बा। कई जगह के जलवायु एक्के नियर भी मिलेला आ एक जगह से दुसरा जगह के बीच जलवायु में बहुत अंतर भी हो सके ला। एह तरीका से जलवायु के अंतर के आधार पर जब बिस्व के कई हिस्सा में बाँटल जाला, हर प्रकार के जलवायु वाला हिस्सा के जलवायु प्रदेश कहल जाला आ अलग नाँव दे दिहल जाला। इनहन के चर्चा हमनी के अगिला पाठ में कइल जाई, अभिन त आईं जानल जाय वायुमंडल, मौसम आ जलवायु के बारे में।

वायुमंडल के बनावट[edit]